अराकान परबतW
| अराकान योमा | |
|---|---|
| राखिन परबत | |
|
अराकान योमा बर्मा में अराकान योमा | |
| Highest point | |
| परबतचोटी | माउंट विक्टोरिया |
| ऊँचाई | 3,094 मी (10,151 फीट) |
| Naming | |
| मूलभाषा में | ရခိုင်ရိုးမ (Arakan Yoma) |
| भूगोल | |
| देस | बर्मा |
| राज्य/प्रांत | राखिन राज्य |
| Geology | |
| चट्टान प्रकार | आग्नेय चट्टान के बेस की ऊपर बहुत रूपांतरित आ कस के पैक अवसादी चट्टान |
अराकान परबत, अराकान योमा भा रखाइन परबत (अंगरेजी: Arakan Mountains; Burmese: ရခိုင်ရိုးမ) पच्छिमी बर्मा (म्यांमार) में एगो परबत श्रेणी बाटे। ई परबत भारत के आसाम नागालैंड आ मणिपुर के पहाड़ी सभ के बिस्तार के रूप में मौजूद बाटे आ नर्गिस अंतरीप ले लंबाई लिहले बाटे। कुछ जगह मणिपुर आ नागालैंड के पहाड़ी सभ के एही परबत श्रेणी के हिस्सा मानल जाला। एह तरीका से एह में नगा पहाड़ी, चिन पहाड़ी, लुशाई पहाड़ी इत्यादि भी एही में शामिल हो जानीं।[1] ई पहाड़ बंगाल के खाड़ी में डूब जाला आ आगे जा के अंडमान निकोबार दीप समूह के रूप में उपराला।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "Rakhine Mountains". Encyclopædia Britannica. पहुँचतिथी 25 दिसंबर 2015.
| ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |